Guru ji, you are the embodiment of the light of knowledge.

गुरु जी ज्ञान के सुरुज के, अंजोर बानीं हो।
राउर जोड़ केहू नइखे, बेजोड़ बानीं हो॥

राउर प्यार चटकार बा, गुलाबी नियन।
वोह में डूब जाला भंवरा, शराबी नियन ॥
गुरु जी ज्ञान से भरल, पोर-पोर बानीं हो।

राउर जोड़ केहू नइखे ….

रउरा शरण में, सब सुख जानिले हम।
राउरे असरा प, जिनिगी बिताइले हम ॥
गुरु जी जिनगी के, हमरा अंजोर बानी हो।

राउर जोड़ केहू नइखे

मिले दर्शन त दिलवा, के प्यास बुझेला।
लाखों चंदा से चमचम, लिलार सोहेला ॥
प्रेम, प्रेमी के, नेहिया के डोर बानी हो।

राउर जोड़ केहू नइखे




Leave a Reply