Guru ji has come and is with us.

आई गईलीं गुरु जी हमार हो,
धन बानी गुरु जी हमार हो ॥

कमल के फूल अइसन, कोमल चरनियां।
नखवा में ज्योतिया अपार हो ॥

धन बानी …

चमचम चमकेला राउर सुरतिया।
जगमग ज्योतिया अपार हो ॥

धन बानी …

मधुर मुस्कान राउर तिरछी नजरिया।
जियरा के कइलै बेहाल हो ॥

धन बानी …

मीठी-मीठी बतिया से गूंजे असमनवां।
सुन प्रेमी होवेलें निहाल हो ॥

धन बानी

रिद्धि और सिद्धि राउर चूमेलीं चरनियां।
गुरु जी के महिमा अपार हो ॥

धन बानी

कलियुग में अइलीं रउवा दिहलीं उपदेसवा ।
प्रेमी लोग के कइलीं बेड़ा पार हो॥

धन बानी …




Leave a Reply